बाड़ी शेर पर सवार रुपवा मनवा मोहत बा लिरिक्स, Baadi Sher Par Sawar Lyrics

0

हाथ में त्रिशूल गरवा सोनवा के हार,
रुपवा मनवा मोहत बा,
त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

एक हाथे चक्र दूजे सोहे तलवरिया,
भगतन के गुंजत बाटे भारी जैकरिया,
सोना के मुकुटवा सोहे माई के कपार,
रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

गदा सोहे फूल सोहे तिरिया धनुषीया,
लाल रंग साड़ी मोहे चाँद सी सुरतिया,
एक हाथे ओम धरे, श्रृष्टि के सिंगार,
रुपवा मनवा मोहत बा ||
रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

नारियल चढ़इबे माई धुप अगरबत्तियां,
फल फूल ढेर लागल माई के बरतिया,
मनवा में दुलके मोहे – 2, माई के सिंगार

रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

धाम विंध्याचल जैसे ओढले चुनरिया,
चमके सितारा चम चम हटे ना नजरिया,
मन करे आई रोजे -2, गाई बार बार,
रुपवा मनवा मोहत बा ||

त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

हाथ में त्रिशूल गरवा सोनवा के हार,
रुपवा मनवा मोहत बा,
त बाड़ी शेर पर सवार, रुपवा मनवा मोहत बा ||

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *